shabd-logo

"नजरिया से दूर कइलु मइया"

10 अक्टूबर 2021

21 बार देखा गया 21
कईनी हम कवन कसूर हो 
नजरिया से दूर कईलु मइया
कईनी हम कवन कसूर
 नजरिया से दूर कइलु मइया । 

फूलवा के चुनी - चुनी आसन लगवनी 
फूलवा के चुनी - चुनी आसन लगवनी 
बइठे में कइलु काहे देर हो 
नजरिया से दुर कइलु मइया। 

सोने  के थाली में भोग लगवनी
सोने के थाली में भोग लगवनी 
जेंवें में कइलु काहे देर हो 
नजरिया से दूर कइलु मइया। 

कइनी हम कवनी कसूर हो
 नजरिया से दूर कइलु मइया
कइनी हम कवनी कसूर हो 
नजरिया स दूर कइलु मइया। 

एक त पिअवा मोरा बसे परदेशिया
एक त पिअवा मोरा बसे परदेशिया 
कोखियो से कइलू बिहुन हो
नजरिया से दूर कइलु मइया। 

उठत - सुतत सास हमके रोज गरिआवे 
उठत-सुतत सास हमके रोज गरिआवे 
गोतिनी बंझिनियां धइली नाम हो 
नजरिया से दुर कइलु मइया। 

कइनी हम कवन कसूर हो 
नजरिया से दूर कइलु मइया 
कइनी हम कवन कसूर हो 
नजरिया स दूर कइलु मइया। 


कइनी हम.......... ।। 


2
रचनाएँ
देवी गीत
0.0
नवरात्रि के अवसर पर माँ को समर्पित गीत

किताब पढ़िए

लेख पढ़िए