shabd-logo

आज माई खातिर सबके प्रेम घट गइल

29 नवम्बर 2021

78 बार देखा गया 78
पिछले वर्ष लॉकडाउन में लिखी मेरी एक छोटी सी कवि

आज माई खातिर सबके प्रेम घट गइल
आज घर में बखरा सब के बट गइल
माई- बाबूजी के साथे के रखी, ई सब में रात कट गइल
आज घर के साथे माई- बाबूजी में भी हिस्सा लग गइल

आज बिल्कुल शांत बा घर के हर दीवार
कभी इहे घर में बसत रहल सबके प्यार
घर कर हर कोना से इहे पुकार आई
मत बाटा ई परिवार के इहे त माई-बाबूजी के चाही

बट गइल कटोरी- गिलास बस एक चम्मच शेष बा
उहे एक चम्मच नया झगड़ा खातिर विशेष बा

दू गज जमीन भी न केहू ज्यादा पाई
एक कटोरी अनाज भी आधा आधा बाटल जाइ
माई-बाबूजी के कुल जायदाद आधा आधा बाटल जाइ
एक दिन भी माई-बाबूजी के केहू न ज्यादा खिआई

आज घर के कोठरी भी खाली हो जाई
सुई से ले के धागा तक आज आधा आधा सब बटाई

माई-बाबूजी के कलेजा बटवारा देख के फटता
मत करा ऐ बेटा ई बटवारा कहा जचता

आज कथरी-पर्दा लगता सब बट जाइ
ई बटवारा के आखिरी आज रात आई
कल से सब अलग अलग खाना खाई
लगता अब आंगन में कल से दू चूल्हा जल जाई

बटवारा कर के त सब इतराई
कर सकी त बिना बटवारा एक साथ घर चला के दिखाई।
8
रचनाएँ
भोजपुरी कविता
0.0
इस किताब में आपको सिर्फ भोजपुरी कविताएं पढ़ने को मिलेंगी।
1

आज माई खातिर सबके प्रेम घट गइल

29 नवम्बर 2021
5
3
0

पिछले वर्ष लॉकडाउन में लिखी मेरी एक छोटी सी कवि

आज माई खातिर सबके प्रे

2

किसान बाटी हम

30 नवम्बर 2021
3
2
0

देश के किसान बाटी हम

खेतवा में जाइ के अन्न उपजाई ला हम<

3

दहेज प्रथा:एक अभिशाप

1 दिसम्बर 2021
2
2
0

आज एक नन्हि कली खिलल बा

हमरे घरे एक बिटिया के जन्म मिलल

4

दिहले हाथ उनका हाथ मे

9 दिसम्बर 2021
1
2
0

दिहले हमार हाथ, उनका हाथ में

रिश्ता बन गइल, हमार उनकर साथ में

अग्नि देव के

5

नारी बानी हम

26 जनवरी 2022
0
1
0

ऊपर वाले के लिखल अद्भुत कहानी बानी हमउनका बगीचा के सुंदर क्यारी बानी हमगर्व होता कहे में की नारी बानी हमचाही नाही अलग पहचान आपन नया पहचान बनाइबनारी बानी ई युग केअईसन कर के दिखाईबजन्म से मृत्यु तक

6

दहेज प्रथा एक अभिशाप

29 जनवरी 2022
1
1
0

आज एक नन्हि कली खिलल बाहमरे घरे एक बिटिया के जन्म मिलल बासबसे ऊ प्यारी बाघर के राजदुलारी बाखुश आज हम बहुत बानीइधर उधर गोदी मैं उठा के उनका घुमावत बानीअब न तोहके केहू डराईन केहू तोहके सताई तोहरे ऊ

7

आवता छठ के परब

30 मार्च 2022
0
0
0

आवता छठ के परबछठ कइल हमनी के धरमले के चली न छठ घाटे रखी दउरा अपना माथेदेखी घाट बनल बा सुहानाअब रउआ करि ना बहानाआवता छठ के परब.....बाजारी से केरा हम ले अइनीउखड़ी खेते से मंगवलीलिप-पोत चूल्ही के हम,

8

निमिया के डाढ़ नीचे

1 अप्रैल 2022
2
1
0

हाथ जोड़ करी ले विनतीहमरे घरे आई न भवानीचउका पुरवली ऐ माईफल ले अइली होनिमिया के डाढ़ नीचे झुलुवा लगवली होनिमिया के डाढ़ नीचे......आई न आई माई झुलुवा झुलाइब होरउआ खातिर गोटेदार चुनरिया हम लाइब होनिमि

किताब पढ़िए

लेख पढ़िए