हमर गऊआं गजब अलबेला
उदास कभी होखे ना देला ।
ओहि मोरा गऊआं में बलवां बधरिया
धानी चुनरिया में लागे बहुरिया
डोल्हा पाती ओहिजे जमेला
उदास कभी होखे ना देला ।
ओहि मोरा गऊआं में चाना के पुलिया
मछरी फँसावे ला लागेला जलिया
ओकर पीपर त लागे झुमेला
उदास कभी होखे ना देला ।
ओहि हमर गऊआं में जिला चउकवा
ओहिजे मिलेला सउँसे गाँव के सनेसवा
ओहिजा कुछु कुछु केहु बकेला
उदास कभी होखे ना देला ।
ओहि मोरा गऊआं में काली स्थनवा
रोजे रोज होखेला उनुकर पुजनवा
उनुके किरिपा से गऊआं हँसेला
उदास कभी होखे ना देला ।
हरेश्वर राय
सतना
मध्य प्रदेश
*******