हमार सान ह
हमार पहचान ह भोजपुरी
हमार मतारी ह
हमार जान ह भोजपुरी.
इहे ह खेत,
इहे खरिहान ह
इहे ह सोखा,
इहे सिवान ह
हमार सुरुज ह
हमार चान ह भोजपुरी.
बचपन बुढ़ापा ह,
इहे जवानी
चूल्हा के आगि ह,
अदहन के पानी
हमार साँझ ह,
हमार बिहान ह भोजपुरी.
ओढिला इहे,
इहे बिछाइला
कुटिला इहे,
इहे पिसाइला
हमार चाउर ह
हमार पिसान ह भोजपुरी
इहे ह धरन,
इहे ह छानी
हमरा पसीना के इहे कहानी
हमार तीर ह
हमार कमान ह भोजपुरी.
कजरी ह बिरहा ह,
इहे ह फ़ाग
इहे कबीरा ह इहे ह घाघ
हमार बिरासत ह
हमार ईमान ह भोजपुरी.
*******