1)कूकूर पोसले बानीं तऽ भूँकी मत।
2)आदमी के भूख लागी
अपने से खाई, बकरी के भूख लागी लकड़ी चबाई।
3)दू बेकत के झगड़ा, बीच मे बोले से लबरा।
4) अबर बानी, दूबर बानी, भाई में बरोबर बानी।
5)बाप के नाम साग पात, बेटा के नाम परोरा।
6)बापे पूत, परापत घोड़ा, बहुत नहीं तऽ थोड़ा
थोड़ा।
7)खाईब तऽ गेंहूँ, ना तऽ रहब एहूँ।
8) हाथी चले बाजार कूकूर भूंके हजार।
9)बाढ़े पूत पिता के
धरमे, खेती उपजे अपना करमे।
10)पोखरा में मछरी, नव नव कुटिया बखरा।
11) भल मुअनी, भल पिलुआ परल।
12)बुरबक के ईयारी आ
भादो के उजियारी।
13)आन्हर गुरु बहिर चेला, माँगे गुड़ तऽ देवे
ढेला।
14) सराहल धिया डोम घरे जाली।
15) कूदे फाने तूरे तान, सेकर दुनिया राखे मान।
16)मूस मोटइहें, लोढ़ा होइहें, ना हाथी ना घोड़ा
होईहें।
17) केकर-केकर लिहीं नाम, कमरी ओढ़ले सगरी गाँव।
18)लाजे भवः बोलस ना, स्वादे भसुर छोड़स ना।
19)जइसन रहलऽ हो कुटुम्ब, वोइसने पवलऽ हो
कुटुम्ब।
20)जाहां गाछ ना बिरिछ
उहाँ रेंड़ परधान।
21)तूहू लूटऽ हमहूँ
लूटीं, लूटे के आजादी बा,
सबले अधिका उहे लूटी, जेकरा देह पर खादी
बा।
22) बड़ बड़ जाना दहाईल जास, गदहा पूछे कतना पानी।
23)पांच कवर भीतर, तब देवता पित्तर।
24)लब-लब करे बहुरिया के
जीव, कब हटस सासू कि चाटी घीव!
25)आगे नाथ ना पाछे पगहा, बिना छान के कूदे
गदहा।
26)अपना दुख से भइनी
बाउर, के कूटी सरकारी चाउर?
27)ना काम के ना काज के
दुशमन अनाज के।
28)एक लाख पूत, सवा लाख नाती, ओकरा घरे दिआ ना
बाती।
29)तोरा बैल मोरा भईसा, हम दूनों के संगत
कइसा?
30)परिकऽ हो बिलार, एकदिन खईब मूसली के मार।