*यू.पी.में सब बा*
जे के मिलल रसगुल्ला,
ओकरा के सब बा,
जेकर गईल कारोबार,
जे भईल बेरोजगार,
ओकरा के का बा ?
यू.पी.में सब बा।
भांग के लाइसेंस पर,
गांजा बिकात बा,
शासन बढ़िया बा,
सबके इहे बुझाता,
गलत त गलत बा,
सहीयो काम क ,
रिश्वत लियात बा,
यू.पी.सब बा ।
जाति क नेता बाडे़,
धर्म क ठेकादार,
नेतागिरियो क इहां ,
लगल बाजार बा,
यू.पी.मे सब बा।
धरम बा अधरम बा,
सदाचार बा अत्याचार बा,
मंदिर अन्दर भगवान त,
बाहर भिखारीयन क दुकान बा,
यू.पी.मे सब बा।
राम क नाम बा,
रावण क काम बा,
जहां देख वहां,
दारु क दुकान बा,
इ मत पुछऽ की इहां का बा,
यू.पी.मे सब बा।
सुनील कुमार'सरदासपुरी'
ग्राम+पोस्ट-सरदासपुर(रसडा़)
जिला-बलिया (यू.पी.)221712